सोमवार, जुलाई 7, 2025
होमगीतए भोले बाबा | Ae Bhole Baba Lyrics | Pawan Singh

ए भोले बाबा | Ae Bhole Baba Lyrics | Pawan Singh

देखि ! कैलाश पर्वत पे
भोले बाबा गहरी नींद में सुतल बाड़े
बिहान हो गईल बा ऐ भईया
माता पार्वती जी कईसे भोले बाबा के जगावतानी
भाव बा !

कुहू कुहू बोलेले कोयलिया सगरो शोर होता
शोर होता
उगले सुरुज देव जग में सगरो अंजोर होता
अंजोर होता
आ दर्शन करे खातिर भक्तन के जुटनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !
अब बिहनवा भईले ना !!

बिहनवा भईले ना ! बिहनवा भईले ना !

रउवे इशारा पs चलेले ई धरतिया
रउवे हई संचालक जी
कईसे पोसईहे परानी के परनवा
सुतले रहीहे जब पालक जी
देखी ना परोसल बावे भंगिया के थाली
उठ जाई हाली हाली भोगवा लगाली
लिलरा ना लउके अंजोर की दिनचनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !
अब बिहनवा भईले ना !!

तुरी के ध्यान हाली कs ली स्नान
राउर जाटा हम ठीक से सजा दिहि
सउसे पहड़िया परल बाटे सून धून
डमरू के तनी सा बजा दिहि
मानी ऐ स्वामी जी अब हमरो कहलका
सभे भईल चिंतित देखी के सुतलका
हिले ना पतईयो अरे लागता उदास
पवनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !
अब बिहनवा भईले ना !!

Share this content:

RELATED ARTICLES

कोई जवाब दें

कृपया अपनी टिप्पणी दर्ज करें!
कृपया अपना नाम यहाँ दर्ज करें

Most Popular