बुधवार, अक्टूबर 2, 2024
होमगीतरोवेले रघुराई | Rowele Raghurai Lyrics | Pawan Singh

रोवेले रघुराई | Rowele Raghurai Lyrics | Pawan Singh

शक्तिबाण लागल लक्ष्मण के रोवेले रघुराई
शक्तिबाण लागल लक्ष्मण के रोवेले रघुराई
अखियां खोला बबुआ ओह्ह अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ

का जाके हम कहब अवध में पूछिहै तीनो माई
अखियां खोला बबुआ बोलब केके छोटका भाई
अखियां खोला बबुआ

राजभवन के त्याग तू हमारा साथे बन में आइला
धरम करम दुनहु से बढ़ भाई के सेवा कइला
फिर बोला तोहरा बिन हमरा कइसे जियल जाइ
अरे कइसे जियल जाइ अखियां खोला बबुआ
अखियां खोला बबुआ आ बोलब केके छोटका भाई
अखियां खोला बबुआ , बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ .

सूर्यवंश के सूरज डूबी रघुकुल लगी दागी
जुग जुग बात चली इहे भौजाई रहली अभागी
अवध के लोग कही हमके चल अइले जान बचाई
आ चल अइले जान बचाई
अखियां खोला बबुआ अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ

Share this content:

RELATED ARTICLES

कोई जवाब दें

कृपया अपनी टिप्पणी दर्ज करें!
कृपया अपना नाम यहाँ दर्ज करें

Most Popular